एकरा चपेट में आईल पूरा संसार
अब मान लेकक सब केहू एकरा से हार
की एकरा से अब सब केहू भईल मजबूर...2
कऊवा उड़ - खरहा उड़, कोरोना भईल मशहूर.....2
निकलता S ता जे बहरी, पुलिस से पिटाई
चोट जब लागी तब याद आई माई
की पुलिस डंडा लेके भागे,
ऊ पिछे हम आगे....2
ओकनी का कहे कि मास्क लगाना अब जरूर.....2
कऊवा उड़ - गदहा उड़, कोरोना भईल मशहूर....2
नीरज करें जागरूक, कोरोना पर लिख के हो
बीतावत तारें लॉकडाउन , कुछो - ना - कुछो सिख के हो
निकलल S Vaccine,
तबो बड़े दिन - प - दिन
की हमनी का बानी अपना गऊवा से बहुत दूर
कऊवा उड़ - कुकुड़ उड़, कोरोना भईल मशहूर....2
की एकरा से अब सब केहू भईल मजबूर...2
कऊवा उड़ - खरहा उड़, कोरोना भईल मशहूर.....2
No comments:
Post a Comment